भोजपुरी । यूट्यूब के माध्यम से दुनिया भर में रहल भोजपुरी भाषी दर्शकन के सोझा अपना मातृभाषा में गीत, संगीत आ टेलीसीरियल पेश करे के कोशिश सफल होरहल बा ।
मुखिया एंटरटेनमेंट एंड मीडिया प्राइवेट लिमिटेड भोजपुरी भाषा में ‘खेलाडी’ नाम से एगो कमेडी टेली–सीरीज बनवले बा । आ पहिला एपिसोड इहे फागुन १३ गते से यूट्यूब पर रिलीज हो चुकल बा । साहित्यकार आ निर्देशक सैलसमनसिंह बस्नेत क़े कहनाम बा कि भोजपुरी भाषा में पहिला टेलीविजन धारावाहिक के निर्माण मुख्य कारण इ हवे कि समाज में जवन विकृति आ असमंजस लउकत बा ओकरा के हास्य के माध्यम से खतम कर देहल जाव ।
चांदनी देवी के बनावल एह टेलीसीरियल में प्रियंका पांडेय, बिरेंद्र मुखिया, स्वानिका बस्तौला, सारू बराल, भोजपुरी भाषा में लिखत आइल अरकाना खातून जइसन कलाकारन के मुख्य भूमिका बा ।
कलाकार पाण्डेय के कहनाम भोजपुरी भाषी लोग खुश, दुख, खिसियाइल आ केहू के डाँटेला, चाहे ऊ दुनिया में कहीं भी रहो, अपना मातृभाषा के प्रयोग करेला । नेपाल के सर्लाही, रौतहट, बारा अउर पर्सा समेत दुनिया के बहुत देश में बोलल जाए वाली भोजपुरी के एगो शिष्ट भाषा मानल जाला उनकर कहनाम बा ।
चांदनी देवी जानकारी दिहली कि दर्शकन के मनोरंजन देबे का अलावे भोजपुरी भाषा, कला संस्कृति, जीवनशैली, आ वेशभूषा के रक्षा आ प्रचार कइल जा रहल बा ।
कहल जात बा कि एह टेलीसीरियल से समाज में होरहल पारम्परिक बुराई खतम हो जाई आ बदलाव के राह पर चले के प्रेरणा मिली । टेलीसीरियल से जुड़ल कलाकार सब भोजपुरी भाषी बाड़े ।
निवेशक देवी आपन विश्वास जतवली कि हर अतवार के यूट्यूब प प्रसारित होखेवाला टेलीविजन धारावाहिक ससुराल के बुराई, अमीर अवरी गरीब के बीच भेदभाव, अवरी समाज में बेकार खर्चा के खतम करे में कुछ हद तक सफल होई ।
टेलीसीरियल में सास के भूमिका भले कुछ कठोर आ क्रूर लउकत बा बाकिर परिवार में गहिराह प्यार आ दुलार के उजागर करे खातिर एकरा के निचोड़ल गइल बा ।
भोजपुरी भाषा में ‘खेलाडी’ नाम से रहल इ कमेडी टेली–सीरीज रउवा लोग युट्युब च्यानल पर देख सकतानी ।