बलिउडके मशहुर अभिनेता आमिर खानके आजु ५९ वां जन्मदिन हवे ।
आमिर खानके जन्म १४ मार्च १९६५ के मुंबई मे भइल रहे। उन्कर बाबुजिके नाम ताहिर हुसैन और माईके नाम नाम जीनत हुसैन ह। आमिर खान के एक भाई भी हैं जिनका नाम फैजल खान है। आमिर खान के बहिनके नाम फरहत खान आ निखत खान ह।
उनकर परिवार के कैयन सदस्य लोग फिल्म इंडस्ट्री से जुडल रहे। उनकर बाबुजी ताहिर हुसैन फिल्म निर्माता रहनी । उनकर चाचा नासिर हुसैन निर्माता(निर्देशक रहनी। आमिर के भगिना इमरान खान भी आपन किस्मत हिन्दी फिल्म इंडस्ट्री में अजमइले रहनी बाकिर करियर के एगो पडावमे पुगलाके बाद फिल्मसे अलविदा कर लेहनी।
पढ़ाई
आमिर खान के शुरूआती पढ़ाई जे.बी.पेटिट स्कूल से भइल रहे। ओकरा बाद आठवीं कक्षा तक उ सेंट ऐनी हाईस्कूल में पढनी और नौवा आ दसवां कक्षा के पढ़ाई बाम्बे स्काटिश स्कूल, माहिम से कइनी ह। आमिर बारहवां कक्षा के पढ़ाई नारसी मूंजी कॉलेज से पुरा कइले रहनी ।
बियाह
आमिर खान के पहील्का बियाह रीना दत्ता से भइल रहे उन्कासे २ जने बच्चाके जनम भइल। बेटाके नाम जुनैद आ बेटिके नाम इरा रहल बा। रीना दत्ता से तलाक भइलाके बाद उनकर दोसर बियाह किरन राव से भइल। ५ दिसंबर २०११मे उनकर घर मे आजाद राव खान के जन्म भईल।
करियर
मुख्य अभिनेता के रुपमे आमिर फिल्म कयामत से कयामत तकु से शुरूआत कइनी ह जौन कि उ समय के सबसे सुपरहिट फिल्म साबित भइल रहे । एकर बाद आमिर और भि फिल्म कइनी ह जवन बॉक्स ऑफिस मे सफलता के शिखरपे चढल रहे ।
प्रसिद्ध फिल्म
कयामत से कयामत तक, दिल, दिल है कि मानता नहीं, जो जीता वही सिकंदर, अंदाज अपना अपना, रंगीला, राजा हिंदुस्तानी, गुलाम, सरफरोश, लगान, दिल चाहता है, रंग दे बसंती, फना, तारे जमीं पर, गजनी, घ इडियट्स, धूम ३, पीके, दंगल, सीक्रेट सुपरस्टार आदि हवे।
पुरस्कार
आमिर खान के उनकर शानदार अभिनय के खातीर बहुत पुरस्कार सब मिलल बा ओमेसे भारत सरकार द्वारा उन्कराके २००३ में पद्मश्री, २०१० में पद्म भूषण पुरस्कार देहल गइल रहे जवन प्रमुख हवे एकर अलावा आमिरके २०१३ में मौलाना आजाद राष्ट्रीय उर्दू विश्वविद्यालय द्वारा डॉक्टरेट के उपाधि भी मिलचुकल बा ।
आमिर खान के फिल्मके चीन में भी बहुत पसंद कइलजाला । फिल्म में उनकर बेहतरीन अभिनय के कारणसे से २०१७ में चीन के सरकार उनकरा नेशनल ट्रीजर ऑफ इंडिया के सम्मान से भि सम्मानित कइले रहे।